दुनिया के सिस्टम चलावेली माई | System Chalaweli Maai Lyrics – Neelkamal Singh

उहे जाला जेके बोलावेली माई तs दुनिया के सिस्टम चलावेली माई

System Chalaweli Maai Lyrics Hindi Image Source :System Chalaweli Maai Lyrics Hindi

System Chalaweli Maai Lyrics Hindi

जय जय मईया शेरावाली !
जय जय मईया जोतावाली !
सब केहू चेला हs माई हई गुरु
सारा पावर होला एहिजे से शुरू
जय जय मईया जोतावाली !

सब केहू चेला हs माई हई गुरु
सारा पावर होला एहिजे से शुरू
एहिजे से शुरू !
की भला करबs तs होई भलाई
भाई हो !

बिगाड़ेली माई बनावेली माई
तs दुनिया के सिस्टम चलावेली माई
हई दुनिया के सिस्टम चलावेली माई
कतने लोग आई आ कतने लोग जाई
तs दुनिया के सिस्टम चलावेली माई
तs दुनिया के सिस्टम चलावेली माई
जोतावाली !

करेली शेर के सवारी हो
इहे जगत महतारी हो
माथे पs चंदा विराजेला
सोभेला हाथ में कटारी हो
ई तs निर्बल के भी बलवान कs देली
जे गरीब होला ओके धनवान कs देली
धनवान कs देली !

तs इहे सबकर करेली उपाय
भाई हो !
मारेले दुश्मन बचावेली माई
तs दुनिया के सिस्टम चलावेली माई
हई दुनिया के सिस्टम चलावेली माई
जय जय मईया शेरावाली !
जय जय मईया जोतावाली !

रही ना दुःख परेशानी हो
करत रहs सेवा पानी हो
कबो ना कबो नजर फेरिहे
तहरा ऊपर महारानी हो

तुहु हर साल एह दरबार आवs हो
नीलकमल आशु लेखा प्यार पावs हो
प्यार पावs हो !
की झंडा हरदम तहारो लहराई
भाई हो !

उहे जाला जेके बोलावेली माई
तs दुनिया के सिस्टम चलावेली माई
तs दुनिया के सिस्टम चलावेली माई
भाई हो !

System Chalaweli Maai Song Details

  • Song System Chalaweli Maai
  • Singer Neelkamal Singh
  • Lyrics Ashutosh Tiwari