Dulri Mayariya Lyrics Hindi
बोलs बोलs शेरावाली मईया की जय !
जय जय मईया शेरावाली !
जय मईया जोतावाली !
चम चम चमके लाल चुनरी
लागतारी माई मोरी सुनरी
जय माँ ! जय माँ !
चम चम चमके लाल चुनरी
लागतारी माई मोरी सुनरी
सुरुज किरिनियो लजा गईली
शरमा गईली
मुसुकी मुसुकी रुनुकी झुनुकी
हमार दुलरी मयरिया आ गईली
हमार दुलरी मयरिया आ गईली !
हमार दुलरी मयरिया आ गईली !
जय माँ !
जय माँ ! जय माँ ! जय माँ !
धरती पs पाँव जईसे धईली मयरिया
गह गह करे लागल गउवा नगरिया
गउवा नगरिया !
हाय !
धरती पs पाँव जईसे धईली मयरिया
गह गह करे लागल गउवा नगरिया
गउवा नगरिया !
चउसठ जोगिन अगरा गईली
हरषा गईली
मुसुकी मुसुकी रुनुकी झुनुकी
हमार दुलरी मयरिया आ गईली
हमार दुलरी मयरिया आ गईली !
हमार दुलरी मयरिया आ गईली !
जिनगी जुड़ाईल पाई माई दर्शन के
रौशन विश्वास प्रियांशु पवन के
प्रियांशु पवन के !
हां आ आ ..!
जिनगी जुड़ाईल पाई माई दर्शन के
रौशन विश्वास दीपक अमित पवन के
अमित पवन के !
सोचल सपनवा पूरा गईली
जुड़ा गईली
मुसुकी मुसुकी रुनुकी झुनुकी
हमार दुलरी मयरिया आ गईली
हमार दुलरी मयरिया आ गईली !
हमार दुलरी मयरिया आ गईली !