Rowele Raghurai Lyrics in Hindi
शक्ति बाण लागल लक्ष्मण के
रोवेले रघुराई
शक्ति बाण लागल लक्ष्मण के
रोवेले रघुराई
अंखिया खोलs बबुआ
हो अंखिया खोलs बबुआ
बोलब केके छोटका भाई
अंखिया खोलs बबुआ
का जाके हम कहब अवध में
पूछिहे तीनो माई
अंखिया खोलs बबुआ
बोलब केके छोटका भाई
अंखिया खोलs बबुआ
राज भवन के त्याग तू हमरा
साथे वन में अईलs
धर्म कर्म दुनहु से बड़
भाई के सेवा कईलs
फिर बोलs तोहरा बिन हमरा
कईसे जियल जाई
अरे कईसे जियल जाई
अंखिया खोलs बबुआ
हो अंखिया खोलs बबुआ
बोलब केके छोटका भाई
अंखिया खोलs बबुआ
आ बोलब केके छोटका भाई
अंखिया खोलs बबुआ
सूर्यवंश के सूरज डूबी
रघुकुल लागी दागी
जुग जुग बात चली इहे
भउजाई रहली अभागी
अवध के लोग कही हमके
चली अईले जान बचाई
हां चली अईले जान बचाई
अंखिया खोलs बबुआ
हो अंखिया खोलs बबुआ
बोलब केके छोटका भाई
अंखिया खोलs बबुआ
बोलब केके छोटका भाई
अंखिया खोलs बबुआ