आई बईठी ना पास मेंपी राज के गाना का लिरिक्स – Machhari Balam Ji Banaile Bani song Ka Lyrics | New Bhojpuri Song Lyrics sangeetlyrics.com

आई बईठी ना पास में नया वायरल भोजपुरी गाना है जिसे शिल्पी राज और सर्वेश सिंह ने गाया है। इस गाने को पवन राजा ने लिखा है जबकि संगीत राज ग़ाज़ीपुरी ने दिया है। इसे Shubham Jaker यूट्यूब चैनल द्वारा रिलीज किया गया है।

Machhari Balam Ji Banaile Bani Lyrics in Hindi Image Source :Sangeet Lyrics

Machhari Balam Ji Banaile Bani Song Details

  • 📌 Song Title Machhari Balam Ji Banaile Bani
  • 🎤 Singer Sarvesh Singh, Shilpi Raj
  • ✍️ Lyrics Pavan Raja

Machhari Balam Ji Banaile Bani Lyrics in Hindi

आज बड़ा मनसल बाड़ू हमार धनिया
बड़ा पूछतारु खाये के खाना पनिया
का भईल बा ?
सुनs !

आज बड़ा मनसल बाड़ू हमार धनिया
बड़ा पूछतारु खाये के खाना पनिया
बोलs !

गरम पीस के मसाला मिलईले बानी
हम मधिम आँच पs पकईले बानी
खाली मछरी बलम जी बनईले बानी
बड़ी मेहनत से चुईटा छोड़इले बानी
खाली मछरी बलम जी बनईले बानी

कबो झूठहु ना पूछs आज पूछतारु
जी जी कह कह के मीठी मीठी बोलतारु
के सिखावल हs तोहरा के गुण धनिया
राज कवनो तs बा तू ना खोलतारु
सुनी !

आई बईठी ना पास में
जनि हमसे लजाई
हो रोटी गरम बनावतानी
जूस से बोर के खाई
मजेदार बा स्वाद महकईले बानी
एक नंबर के पीस कटवईले बानी
खाली मछरी बलम जी बनईले बानी
धीरे धीरे चुल्ह में लवना लगईले बानी
खाली मछरी बलम जी बनईले बानी

जवन मन होखे तवन किनवा लs धनि
सोनवरिया से छागल गढ़वा लs धनि
खुश कs दिहलू सईया के अईसन धनि
एक थरिया में खाना निकालs धनि
अच्छा !

का बात बा जी ?
माफ कs दी सर्वेश सईया
हम बुझ नाही पईनी
सब जननी विवेक से तs
पछतात रह गईनी

ताजा पवन से फिश मँगवईले बानी
गाजीपुरी के संगे बोलईले बानी
खाली मछरी बलम जी बनईले बानी
ढेर दिन से सोनू लार टपकईले बानी
खाली मछरी बलम जी बनईले बानी