Karejwa Fatela Lyrics in Hindi
अरे हई मुँह काहे फुलल बा ?
का भईल ?
हमसे रूसs ना !
ऐ जी !
का हो ?
पिया हमसे सनाई ना बेसन
काहे ना सनाई ?
कs के आईल बानी एजुकेशन
तब !
नाही अच्छा से चली रिलेशन
अरे !
जाके गाड़ी धs लेब स्टेशन
कही दे तानी !
कवना कवलेजिया में पढ़लु अंग्रेजिया
अंग्रेजिया छाँटेला
हमसे रूसs ना ए करेजा
ई करेजावा फाटेला
ना दिहलु एको पाई दहेजवा
ए से करेजवा फाटेला
अरे मान जा !
नाराज काहे होलु छने पs छने
बियाह जब कईलू कs के पसने
जान पहिले जे जईती तहरा घरे नाही अईती
आके चूल्ही पs खाना ना बनईती राजाजी
नाही चउकी पs बेलना हिलईती राजाजी
हमहि मिलल का बानी सेतिहे के रानी
बेरी बेरी डाँटे ला
हमसे रूसs ना ए करेजा
ई करेजावा फाटेला
ना दिहलु एको पाई दहेजवा
ए से करेजवा फाटेला
बतावs का खईबू मीठा की खट्टा
मंगाई पानीपुरी की लाई लौंगलाता
जिया जार देली सासु ए हो आशु प्रियांशु
राते दही ना सही रहे जमल राजाजी
ना बा खाना घोंटात नीलकमल राजाजी
दिहिला अंगूर तs भागेलु दूर दूर
तहरा कुकुर काटेला
हमसे रूसs ना ए करेजा
ई करेजावा फाटेला
ना दिहलु एको पाई दहेजवा
ए से करेजवा फाटेला