दिलवा टूटल बा | Dilwa Tutal Ba Lyrics – Neelkamal Singh

दिलवा टूटल बा अईसे की आवाज ना भईल पागल भईल दीवाना धोखेबाज ना भईल

Dilwa Tutal Ba Lyrics in Hindi Image Source :Dilwa Tutal Ba Lyrics in Hindi

Dilwa Tutal Ba Aise Ki Aawaaz Na Bhail Song Details

  • 📌 Song Title Dilwa Tutal Ba Aise Ki Aawaaz Na Bhail
  • 🎤 Singer Neelkamal Singh
  • ✍️ Lyrics Biru Raj

Dilwa Tutal Ba Lyrics in Hindi

आ हां हां हां हां ..! आ हां हां हां हां ..!
आ हां हां हां हां ..! आ हां हां हां हां ..!

हमरा ला उहे खास रहे ओकरे पs सब विश्वास रहे
माला फेरलस उ सक के खो दिहलस आपन हक के
हमरा ला उहे खास रहे ओकरे पs सब विश्वास रहे
माला फेरलस उ सक के खो दिहलस आपन हक के

तकबो ना कईलस हमके गुजरल उ जरी से
तकबो ना कईलस हमके गुजरल उ जरी से
अरे हमरा से अईसे उ जुदा हो गईल
जईसे होला दिसम्बर जनवरी से
हमरा से अईसे उ जुदा हो गईल
जईसे होला दिसम्बर जनवरी से

+++ म्यूजिक +++

दिलवा टूटल बा अईसे की आवाज ना भईल
पागल भईल दीवाना धोखेबाज ना भईल
हँसेले अईसे जईसे ओकरा लाज ना भईल
लागता की उ प्यार के मोहताज ना भईल
कहाँ केहू आगा बा समईया के घड़ी से
कहाँ केहू आगा बा समईया के घड़ी से
हमरा से अईसे उ जुदा हो गईल
जईसे होला दिसम्बर जनवरी से
हमरा से अईसे उ जुदा हो गईल
जईसे होला दिसम्बर जनवरी से

+++ म्यूजिक +++

पत्थर दिल उ पहिले पिघला दिहलस
सारा वादा इरादा उ भुला दिहलस
सुख गईल बा आंसू नीलकमल के आँखी से
अतना हँसत चेहरा के रोवा दिहलस
मन करे टांग लिही गरदन रसरी से
मन करे टांग लिही गरदन रसरी से
अरे हमरा से अईसे उ जुदा हो गईल
जईसे होला दिसम्बर जनवरी से
हमरा से अईसे उ जुदा हो गईल
जईसे होला दिसम्बर जनवरी से