की चाँद जइसन | Chand Jaisan Chehra song lyrics

Chand Jaisan Chehra Image Source :
  • Song : Chand Jaisan Chehra
  • Singer : Udit Narayan, Indu Sonali
  • Lyrics : Shyam Dehati

हो तोहे का बतलाई हो ,कैसे समझाई हों
अब हो के जुदा तोहसे जिअ ल न जाइ हो

की चाँद जइसन
की चाँद जइसन चेहरा तोहार दिल हमर ले गइल हो
की चाँद जइसन चेहरा तोहार दिल हमर ले गइल

नेहिया के किरिया खा के कहेनी गुजरिया
साँस बन के बसेलु तू हमारा भितरिया

हो प्यार करेनी केतना कइसे बताई
कहा त करेजा आपन चीर के दिखाई

हम देहियाँ तू परछाईं , ई रिश्ता छूट ना पाई
बा जनम जनम के बन्धन केहू तूर ना पाई हो

की चाँद जइसन
की चाँद जइसन चेहरा तोहार दिल हमर ले गइल हो
की चाँद जइसन चेहरा तोहार दिल हमर ले गइल

कहेलु की भूल जाईं , कइसे भुलाई
एकरा से निम्मन खा के ज़हर मर जाईं

आ आ आ आ

राम करे दिनवा अइसन, कबहुँ ना आये
हमरो उमिरिया सईंया तोहे लग जाये

भले जग बैरी हो जाइ , न तोहके होइ जुदाई
अब तोहरे हाथे माँगियाँ में , सिंदूर भराई हो

ये हमरे साजन
ये हमरे बालम नेहिया तोहार दिल हमार ले गइल
की चाँद जइसन चेहरा तोहार दिल हमर ले गइल
ये हमरे बालम नेहिया तोहार दिल हमार ले गइल