Jal Thal Sewani Lyrics in Hindi
रतिया पहर चार जल थल सेवनी
बीतल तकते आकाश हो
बीतल तकते आकाश हो !
कहवा बिलवलs तू सुरुज गोसईया हो
लागल बा दर्शन के आस हो
लागल बा दर्शन के आस हो !
सीतल जल में शरीरिया हो सीतियाईल बा
बहेला शीतली बयरिया तन सिहराईल बा
ललकी ललईया में कब लाल होईबs
आ जईतs हमनी के पास हो
आ जईतs हमनी के पास हो !
रथवा रुकल तोहार कहवा आदित मल
लागल बा दर्शन के आस हो
लागल बा दर्शन के आस हो !
हथवा में दउरा सीपुलिया हो देह भूखल बा
बीतल बारहो पहरिया हो कंठ सुखल बा
विनय बिहारी पवन दीपक मधुकर
पियरी पहिर पियरास हो
पियरी पहिर पियरास हो !
दीन दुखियन के तू दीनानाथ हउवs
दुनिया ई तोहार दास हो
दुनिया ई तोहार दास हो !
लागल बा दर्शन के आस हो
लागल बा दर्शन के आस हो !
लागल बा दर्शन के आस हो
लागल बा दर्शन के आस हो !
जहरिया लागेलु लागेलु नया वायरल भोजपुरी गाना है जिसे Arvind Akela Kallu और Shilpi Raj…
नारायण मिल जाएगा, नया वायरल भक्ति गाना है जिसे Jubin Nautiyal ने गाया है। इस…
तूने जिंदगी में आके जिंदगी बदल दी, हिन्दी गाना है जिसे Udit Narayan और Alka…
साँसों की जरुरत है जैसे, हिन्दी गाना है जिसे Kumar Sanu ने गाया है। इस…
मुँह झौसी, नया वायरल भोजपुरी गाना है जिसे Shivani Singh ने गाया है। इस गाने…
भले बलम मोर करिये बाड़े, नया वायरल भोजपुरी गाना है जिसे Shilpi Raj ने गाया…