Sabse Nik Bate Saiya Kishani | मुँह मारो कमईला के

Sabse Nik Bate Saiya Kishani lyrics Image Source :
  • Song : Sabse Nik Bate Saiya Kishani
  • Singer : Ritesh Pandey
  • Lyrics : Rahul Ranjan, Munna Mohit

सबसे निक बाटे सइयां किसानी
ख़ुशी बाटे रउआ गउवे में बानी
सबसे निक बाटे सइयां किसानी
ख़ुशी बाटे रउआ घरवे में बानी

मुँह मारो कमइला के, ऐ जी बहरा में गइला के
मुँह मारो कमइला के, अब बहरा में गइला के

महल से निक बाटे टुटही पलानी, नून रोटी भले खाईब जा
अखियाँ के सोझा रहब राजा रउआ,संगहि जिनिगिया बिताइब जा

परदेशवा में होला परेशानी, अपना धनिया के बात तनी मानी
मुँह मारो कमइला के, दूर देशवा में गइला के
मुँह मारो कमइला के, ऐ जी बहरा में गइला के

होली दिवाली अब संगहि मनावल जाई, घूमके दशहरा के मेला जी
खेती बारी के जिमवारी बा भारी,बाबू जी परेलन अकेला जी 2

सैया रितेश दुखवा के जानी, मुन्ना राहुल के भरोसे रहतानी
मुँह मारो कमइला के, दूर देशवा में गइला के
मुँह मारो कमइला के, परदेशवा में गइला के