Pawan Kare Pujai Lyrics Hindi
ओरिये ओरिये मधु चुवे बाजे बारहो बजना
आवतारी हो
ओरिये ओरिये मधु चुवे बाजे बारहो बजना
आवतारी हो
आजु माई हमार अंगना
आवतारी हो
आजु माई हमार अंगना !
आवतारी हो !!
उचरेला कागा कोईलरिया भी बोले
निमिया पतईया भी झुरु झुरु डोले
बायां अंग फरकेले अंखिया ऐ माई
लहरेले ललकी चुनरिया ऐ माई
अंगना बहारी हम संवारी चूड़ी कंगना
आवतारी हो
अंगना बहारी हम संवारी चूड़ी कंगना
आवतारी हो
आजु माई हमार अंगना
आवतारी हो
आजु माई हमार अंगना !
आवतारी हो !!
पूरुब बनेजीया से रथवा के शोर हो
सबके नजरिया निहारे ओहि ओर हो
हाथ जोर माँगेनी मँगनवा ए माई
पूरा कs दs हमरो सपनवा ए माई
पवन नयन जल पावं धोई बंदना
आवतारी हो
पवन नयन जल पावं धोई बंदना
आवतारी हो
आजु माई हमार अंगना
आवतारी हो
आजु माई हमार अंगना !
आवतारी हो !!