Jode Jode Phalwa Lyrics in Hindi
जोड़े जोड़े फलवा सुपलवा में भरी भरी
तिवई चढ़ावेली हो
जोड़े जोड़े फलवा सुपलवा में भरी भरी
तिवई चढ़ावेली हो
गईया के घिउवा के दियना जरा के
छठी गीत गावेली हो
गईया के घिउवा के दियना जरा के
छठी गीत गावेली हो
जय जय छठी माँ !
तीन दिन रतिया में कई के बरतिया
घटिया अगोरेली हो
शीतल पनिया में भींजल बदनिया
दुनो कर जोरेली हो
तीन दिन रतिया में कई के बरतिया
घटिया अगोरेली हो
शीतल पनिया में भींजल बदनिया
दुनो कर जोरेली हो
उगी हे आदितमल करी भिनुसारवा
की इहे गोहरावेली हो
गईया के घिउवा के दियना जरा के
छठी गीत गावेली हो
गईया के घिउवा के दियना जरा के
छठी गीत गावेली हो
चीर के बदरिया आई ना बहरिया
दरस देखाई हे
इहे बा अरजिया लिहि ना अरघिया
सुरुज गोसाई हे
चीर के बदरिया आई ना बहरिया
दरस देखाई हे
इहे बा अरजिया लिहि ना अरघिया
सुरुज गोसाई हे
जोड़े जोड़े पनवा पs गईया के दुधवा से
अरघ दियावेली हो
गईया के घिउवा के दियना जरा के
छठी गीत गावेली हो
गईया के घिउवा के दियना जरा के
छठी गीत गावेली हो
गईया के घिउवा के दियना जरा के
छठी गीत गावेली हो