जहिया से चल गईली हमके छोड़ के हमके
जहिया से चल गईली हमके छोड़ के हमके
जिंदगी भईल सुनसान हो
जा ये चंदा ले आवs खबरिया
जा ये चंदा ले आवs खबरिया
कईसन बाड़ी मोर रान हो
ये चंदा कईसन बाड़ी मोर रान हो
कबो कोरवे में हमरा रहत रहली
छन भर जुदाई ना सहत रहली
हs….. कबो कोरवे में हमरा रहत रहली
छन भर जुदाई ना सहत रहली
अब त हमार बिना, देखले सुरतिया
अब त हमार बिना, देखले सुरतिया
होई जाता कईसे बिहान हो
जा ये चंदा ले आवs खबरिया
जा ये चंदा ले आवs खबरिया
कईसन बाड़ी मोर रान हो
ये चंदा, कईसन बाड़ी मोर रान हो
हमरे नियन उहो रोवत होईहे
लोरवे से कजरा के धोवत होईहे
हमरे नियन उहो रोवत होईहे
लोरवे से कजरा के धोवत होईहे
हो…. हमरे नियन उहो रोवत होईहे
लोरवे से कजरा के धोवत होईहे
मनवा ना लागत होई पिया के अंगनवा
मनवा ना लागत होई पिया के अंगनवा
होईहे बहुत परेशान हो
जा ये चंदा ले आवs खबरिया
जा ये चंदा ले आवs खबरिया
कईसन बाड़ी मोर रान हो
ये चंदा कईसन बाड़ी मोर रान हो
जईसे चकोर बिना तुहू अकेला
पंकज के ओसही जिनिगिय कटेला
आ…. जईसे चकोर बिना तुहू अकेला
पंकज के ओसही जिनिगिय कटेला
कहेले रितेश होई कुछो मजबुरि
कहेले रितेश होई कुछो मजबुरि
तबे दूर बाड़ी मोर प्राण हो
जा ये चंदा ले आवs खबरिया
जा ये चंदा ले आवs खबरिया
कईसन बाड़ी मोर रान हो
ये चंदा कईसन बाड़ी मोर रान हो