Dashari Aamwa Lyrics in Hindi
ऐ जीजा लहरी ! अईहs !
साली हो साली जात बानी हम बजरिया
मंगबु जे कुछउ लियाईब एहि घरिया
का खाये के बा ?
बतावतानी !
अरे साली हो साली जात बानी हम बजरिया
मंगबु जे कुछउ लियाईब एहि घरिया
दिदिया से कहिहs जनि लेवे तू अकेले अईहs
ऐ जीजा लहरी हो दसहरी आमवा लेले अईहs
ऐ जीजा लहरी हो दसहरी आमवा लेले अईहs
अईहs !
हम जननी की कुछ अउरी मंगबु
गजबे के कईलू फरमाईश हो
लाली अउरी बाली नाही हमरा के चाहि
आम रोटी खाईब बाटे च्वाइस हो
अरे दादा हो !
हs हो !
आ हम जननी की कुछ अउरी मंगबु
गजबे के कईलू फरमाईश हो
लाली अउरी बाली नाही हमरा के चाहि
आम रोटी खाईब बाटे च्वाइस हो
ठीक बा तs संगवा में ना लेके तू झमेले अईहs
ऐ जीजा लहरी हो दसहरी आमवा लेले अईहs
ऐ जीजा लहरी हो दसहरी आमवा लेले अईहs
ऐ जीजा लहरी ! अईहs !
अरे एतना जे प्यार से तू मंगबु ऐ पगलो
लेले आईब दस किलो हो
दुआ भगवान से करिले हम सबके
तोहरे नियन जीजा मिलो हो
आये हाय !
सही हो !
हs तs एतना जे प्यार से तू मंगबु ऐ पगलो
लेले आईब दस किलो हो
दुआ भगवान से करिले हम सबके
तोहरे नियन जीजा मिलो हो
तनी सा मजाक करे पवन के झेले अईहs
ऐ जीजा लहरी हो दसहरी आमवा लेले अईहs
ऐ जीजा लहरी हो दसहरी आमवा लेले अईहs
अईहs !